Email:
 
  Password:
 
 
  Subscribe to Newsletter
 
 

लखनऊ में बसन्त पंचमी मनवलस भोजपुरी
एसोसियेशन आफ इंडिया, नार्थ चैप्टर

 

लखनऊ, ३१ जनवरी। बसन्त पंचमी के मउका पर भोजपुरी एसोसियेशन आफ इंडिया, नार्थ चैप्टर काओर से आज स्वतंत्र गर्ल्स डिग्री कालेज के प्रांगन में भोजपुरी गीत गँवनई के कार्यक्रम सम्पन्न भइल।

भोजपुरी एसोसियेशन आफ इंडिया, नार्थ चैप्टर के रीजिनल डाइरेक्टर दिनेश तिवारी द्वारा आयोजित एह कार्यक्रम के शुरुआत सरस्वती देवी मईया के फोटो के माला पहिरा के आ आगे दिआ बाड़ के भोजपुरी संसार पत्रिका के संपादक मनोज श्रीवास्तव कइलन।

एह मउका पर अपना सोआगत भाषन में दिनेश तिवारी कहलन कि भोजपुरी एसोसियेशन आफ इंडिया अपना लोग के अपना संस्कृति से बान्हे के काम शुरु कर देहले बा। ऊ एह मउका पर कईगो पारम्परिक भोजपुरी गीत गाके सभकरा के अवाक कर देहलन।

एह कार्यक्रम में खास रुप से हाजिर जौनपुर के विधायक धनन्जय सिंह कहलन कि भोजपुरी भाषा में एतना मिठास बा कि सभे अपने आप बन्ह जाला। ऊ इहो कहलन कि भोजपुरी भा उत्तर भारतीयन के बारे में जे अबहीं ललकारे के काम करत बा। उहो एह भाषा के मिठास से एक दिन बन्ह जाई।

एह बसन्त पंचमी के मउका पर हाजिर सभ लोगवे के परम्परा के अनुसार अबीर के टीका लगावल गइल। कार्यक्रम में अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभुनाथ राय, पदाधिकारी राम बिलास यादव, तीरथ राम आ पाखी हेगड़े फैन्स क्लब के प्रदेश अध्यक्ष राजीव कुमार के अलावे सयकड़ो लोग मउजूद रहे।

 

 

 Ayodhya Temple Birla Temple Gorakhnath Temple Kashi-Vishwanath Temple Lord Budha, Kushi Nagar Mahabodhi Temple Nalanda Vaishali Lord Budha, Bodh Gaya Ganga with old fort, Patna Ganga Ghat, Varanasi Chhath Puja Shaheed Smarak, Patna Mahatma Gandhi 
Home  |   Webmail   |    Feedback   |   Volunteer   |   Press Release   |   Contact Us
      Bhojpuri Association of India (BHAI) is a not-for-profit organization registered under the Indian Societies & Registration Act of 1860

© 2008 Bhojpuri Association of India (BHAI)